Tuesday, February 7, 2023

सीधा रास्ता छोड़ के टेड़े राह चलेलन राजीव जी

भोजपुरी ग़ज़ल 

सीधा रास्ता  छोड़ के टेड़े  राह चलेलन  राजीव जी
प्रेम करेलन  दर्द  सहेलन  मस्त रहेलन  राजीव जी

जेब त खाली  बाटे बाकिर अपने दिल के दौलत से
दुनिया भर के जेब में आपन प्रेम भरेलन राजीव जी

टोका टाकी  टांग  खिंचाई अउर  सिकायत  जे करे 
रोज ए लोगन  के  छाती  पर मूंग दरेलन राजीव जी

अपना  खातिर  एक्को पल  के फुर्सत  ना रहेला पर 
दोस्त संघतियन खातिर हर पल जिये मरेलन राजीव जी

तेज त  नाहीं  सिधवा  हऊवन तब्बो का दुक काहेके
लोग  कहेला  बात-बात  में   गेम  करेलन राजीव जी

कंघी  लेके  हाथ  में  अपने  ड्रेसिंग  टेबल के  सोझा
रोज   सवेरे  खाड़ा  होके  हाथ  मलेलन  राजीव जी

फ्लैट शहर  में बाटे  तब्बो  घsर  बा  आपन गंउवे में
देख  के  फोटो  बाबू  जी के रोज कहेलन राजीव जी

बीबी जsवन कहे सब अच्छा माईयो के हर बात सही 
जइसन  हवा  बहेला ओकरे साथ बहेलन राजीव जी

खाली  अपने दर्द  लिखेला दुनिया भर के शायर लोग
आपन गम के भूल के सबके दर्द लिखेलन राजीव जी

राजीव कुमार

No comments:

Post a Comment

सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे ।

ग़ज़ल सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे । आशिक वही जो दर्द में डूबा दिखाई दे जिसको यकीं नहीं है महब्बत में उसे भी मोहन के साथ ख़्वा...