आज के ताजा भोजपुरी ग़ज़ल
सबका से राम राम सभे से सलाम बा
केहू के हमसे हमरो के केहू से काम बा
हद से जियादा केहू सराहे त बूझ लs
छूरी बगल में बाटे भले मुह में राम बा
खुश्बू बहार रंग घटा फूल शायरी
हर एक चीज आज ले तोहरे गुलाम
तू हमसे दूर अउर तहसे दूर रहीं हम
अइसे त जान हमनी के जीयले हराम बा
संकोच शरम रिस्क तड़प अंत में ह प्रेम
छो ड़s हटा व ए में बहुत ताम झाम बा
जिनगी लगा के इश्क में दे ख ना का मिलल
सिग्रेट एगो हाथ में दुसरा में जाम बा
जेकरे ग़ज़ल के पढ़ के लोग प्रेम में परल
शायर ऊ सबके दिल में अभी ले अनाम बा
राजीव कुमार
No comments:
Post a Comment