Thursday, March 4, 2021

होली जीवन में चाहत के फन ह

 होली जीवन में चाहत के फन ह
होली राधा के दिल में किसन ह
होली लइकन के बस खेल नाहीं
होली हर एक दिल के मिलन ह 

फूल जइसे सभे खिल-खिलाये 
कौनो दुख ना कभी के हू पाये
लाल पीयर हरा नीला धानी 
हर कलर सबके सुन्दर बनाये 
बाग ह अउर इहे चमन ह 
होली जीवन मे चाहत के फन ह

भाई देवर के ईमान रक्खे 
जीजा साली के सम्मान रक्खे
अपने भीतर कबो केहू खातिर 
केहू ना कौनो अपमान रक्खे  
प्रेमी जोङन के खातिर अगन ह
होली जीवन में चाहत के फन ह

दुश्मनी खत्म कइले के दिन ह
दोस्ती करके घूमे के दिन ह 
हिन्दू मुस्लिम के झगङा इहां से
दोस्त ईहे  मिटाये के दिन ह 
रंग चङ जाये जे पर ऊ मन ह
होली जीवन में चाहत के फन ह

राजीव कुमार

No comments:

Post a Comment

सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे ।

ग़ज़ल सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे । आशिक वही जो दर्द में डूबा दिखाई दे जिसको यकीं नहीं है महब्बत में उसे भी मोहन के साथ ख़्वा...