भोजपुरी ग़ज़ल
चsलीं ना कहियो चsले के घूमे हमनियो के
निकलल बा लोग देश के जोड़े हमनियो के
जबले बेवाई गोड़ में फाटी ना रोड पे
तबले ना आई ठीक से बोले हमनियो के
नफरत टिसाही झूठ जुलम अउर दिल के डर
देखीं ना के के आईल बा रोके हमनियो के
दियरी के जान बाची हवा से तबे की जब
आई ना मोह जान के छोड़े हमनियो के
कबले मुड़ि नेवा के जीये के मरे के बा
कहिया ले नाही आई ई पूछे हमनियो के
सागर से एगो ठोप लड़े चल देले बा तs
देहल जाई ना ठोप के हारे हमनियो के
लsड़े के बा त उठ के लड़ भूल के ई बात
दुश्मन आईल बा घेर के मारे हमनियो के
आखिर ई प्रेम का ह इहे आरजू तs ह
केहू त नाम ले के पुकारे हमनियो के
राजीव कुमार
#भारत जोड़ो