Monday, March 31, 2025

राजा के राज छोर के रानी बदल गइल

राजा के राज छोर के रानी बदल गइल 
जनता से माल लेके अडानी बदल गइल

जब से लहू से आंख के पानी बदल गइल 
हमनी के जिन्दगी के कहानी बदल गइल 

रोटी पढ़ाई अउर कमाई के चाह में।
चलत चलत सड़क प जवानी बदल गइल

हालत शहर आ गांव के बदलल नाही त का?
सड़कन के नाम देख ल जानी बदल गइल

स्नेह प्रेम प्यार के जगही पे मार काट 
हर ओर अब विकास के मानी बदल गइल

साधू महंत देख के अब ले हरान बा 
मिल के एगो फकीर से दानी बदल गइल

राजीव कुमार

No comments:

Post a Comment

सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे ।

ग़ज़ल सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे । आशिक वही जो दर्द में डूबा दिखाई दे जिसको यकीं नहीं है महब्बत में उसे भी मोहन के साथ ख़्वा...