Wednesday, January 17, 2024

एगो रानी आ राजा के कहानी ना अयोध्या ह

भोजपुरी ग़ज़ल में अयोध्या जी (साल के पहिला ग़ज़ल)

एगो रानी आ राजा के कहानी ना अयोध्या ह
खाली मंदिर शिवाला के कहानी ना अयोध्या ह

अयोध्या के कहानी खुद से लड़ के जग के जीतल ह
केहू से युद्ध लड़ला के कहानी ना अयोध्या ह

भुला के दुश्मनी सम्मान दुश्मन के दिहल जाला 
हमेशा तीर मरला के कहानी ना अयोध्या ह

केहू के प्रेम में शिव के धनुषवा तूरला के ह 
धनुष से मार देला के कहानी ना अयोध्या ह

एगो भाई के खातिर भाई आपन सब लुटा देला 
सिंहासन देला लेला के कहानी ना अयोध्या ह

भरत के सादगी बाटे त भक्ति बा विभीषण के
खाली लंका जरवला के कहानी ना अयोध्या ह

अहम रावण के लंका के कहानी ह जवन मूवल
बाकिर केहू के मरला के कहानी ना अयोध्या ह

एमें शबरी माई बाड़ी एमें केवट के भक्ती बा
इ खाली राम सीता के कहानी ना अयोध्या ह

ए में पर्वत गरुण बानर हिरन नदिया समंदर बा
ए बाबू बस अयोध्या के कहानी ना अयोध्या ह

समर्पण त्याग तप भक्ती भलाई प्रेम यारी ह 
लड़ाई द्वेष कइला के कहानी ना अयोध्या ह

राजीव कुमार

यूट्यूब चैनल का लिंक कमेंट बॉक्स में है उसे भी सब्सक्राइब करें 🙏

No comments:

Post a Comment

सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे ।

ग़ज़ल सीने पे जख्म आंख में दरिया दिखाई दे । आशिक वही जो दर्द में डूबा दिखाई दे जिसको यकीं नहीं है महब्बत में उसे भी मोहन के साथ ख़्वा...